16/05/2026
Congratulations KKR
BIHAR CRICKET ASSOCIATION was established in the year 1935 having its registered Head Office at Jamshedpur with Late Mr. A. M. Hayman as President, Mr. K. D. N. Nag
Naoroji and Professor Moin-ul-Haq as Vice-President, Mr. Quereshi as Secretary and Mr.
16/05/2026
Congratulations KKR
16/05/2026
BCA मेंस टी-20 ट्रॉफी: कालही से फिर शुरू होई मैच, नया शेड्यूल भइल जारी
भारी बारिस अउर खराब मैदान के चलते अस्थायी रूप से रोकल गइल बीसीए मेंस टी-20 ट्रॉफी 2025-26 के मुकाबला अब फिर से मैदान पर गूंजे खातिर तैयार बा। बिहार क्रिकेट एसोसिएशन फैसला लिहले बा कि प्रतियोगिता के दोबारा शुरू कइल जाई।
आदेश के मुख्य बात:
मैच कालही से संशोधित फिक्सचर यानी नया कार्यक्रम के अनुसार फिर से शुरू क दिहल जाई। प्रतियोगिता के जवना भी मैच बचल बा, ऊ सब अब तय भइल नया शेड्यूल के हिसाब से ही खेलल जाई।
मैदान अउर वेन्यू के हाल:
संघ साफ कइले बा कि कालही से दोनों तय भइल वेन्यू (मैदान) पर मुकाबला शुरू हो जाई। अब मैदान के स्थिति एकदम ठीक बा अउर खेल सुरक्षित तरीका से करावे खातिर तैयार बा।
सब जिला क्रिकेट संघ, खिलाड़ी अउर अधिकारी लोग के आदेश दिहल गइल बा कि ऊ लोग नया फिक्सचर के हिसाब से अपना तैयारी दुरुस्त क लेवें अउर समय से मैदान पर पहुँच जास।
सादर,
बिहार क्रिकेट एसोसिएशन
16/05/2026
BCA अंडर-16 ट्रॉफी: भोजपुर के लइके मचवलें तहलका, कटिहार के 200 रन से हरा के सेमीफाइनल में पहुँचलें
आज सीतामढ़ी के जानकी स्टेडियम में खेलल गइल श्यामल सिन्हा अंडर-16 वनडे ट्रॉफी के क्वार्टर फाइनल मुकाबला में भोजपुर डीसीए के टीम कटिहार के अइसन धोवलस कि सब लोग देखत रह गइल। भोजपुर 200 रन के भारी अंतर से मैच जीत के सीधे सेमीफाइनल में एंट्री मार लिहले बा।
मैच के हाल-चाल:
भोजपुर के टीम पहिले टॉस जीत के बल्लेबाजी करे के फैसला कइलस अउर 50 ओवर में 9 विकेट खो के 332 रन के पहाड़ नियन स्कोर खड़ा क दिहलस। भोजपुर के ओर से आरुष तिवारी मात्र 103 गेंद में 92 रन के धांसू पारी खेललें, जवना में 6 गो चौका अउर 3 गो छक्का सामिल रहे। अवनीश कुमार भी डट के खेललें अउर 75 रन बनवलें। कटिहार के ओर से मोहम्मद इरफान सबसे जादा 3 विकेट लिहलें।
332 रन के भारी लक्ष्य के पीछा करे उतरी कटिहार के शुरुआत एकदम खराब रहल। आद्यंत मानवीक 45 रन बना के थोड़ा संघर्ष कइलें, बाकिर भोजपुर के घातक गेंदबाजी के आगू बाकी बल्लेबाज तू चल मैं आया क क के पवेलियन लौट गइलें। पूरी कटिहार के टीम 31 ओवर में मात्र 132 रन पर ढेर हो गइल।
भोजपुर के ओर से सुमित कुमार अउर रौनक कुमार आग उगलत गेंदबाजी कइलें अउर 3-3 विकेट चटका के कटिहार के कमर तोड़ दिहलें। विश्वजीत कुमार गुप्ता के भी 2 गो विकेट मिलल।
ए सानदार अउर एतिहासिक जीत खातिर भोजपुर के पूरा टीम अउर खिलाड़ी लइके लोग के बहुत-बहुत बधाई।
16/05/2026
Guess...?
16/05/2026
Congratulations LSG
15/05/2026
Revised Fixtures for the BCA Men's T20 Trophy 2025-26
15/05/2026
Congratulations
14/05/2026
Bihar's Pride
14/05/2026
Well Played King Kohli .kohli
| Monday | 10:30 - 18:00 |
| Tuesday | 10:30 - 18:00 |
| Wednesday | 10:30 - 18:00 |
| Thursday | 10:30 - 18:00 |
| Friday | 10:30 - 18:00 |
| Saturday | 10:30 - 18:00 |